आज जनकपुर में मड़वा लिरिक्स
आज जनकपुर में मड़वा बड़ा सुहावना लागे
सीता के चढ़ेला हरदिया बड़ा मनभावन लागे हरे हरे बसवा कटवले जनक राजा मन में सुनैना माई के बजेला आनंद बाजा सोर भइले सगरी महलिया बड़ा लुभावन लागे सीता के चढ़ल हरदिया बड़ा मनभावन लागे धनि रे नगरी के उमादल भागिया लगली सुनर सिया के अमर सुहागिया !!
जय श्री राम जय सीता माता
जय जय जनकपुरधाम